आरा छपरा गोपालगंज बलिया में बाढ़ के प्रकोप

डोरीगंज इलाका के बड़हरा महाजी के आधा दर्जन गांवन में शनिचर का दिने बाढ़ के पानी घुस गइल बा. मुस्सेपुर पंचायत के मेहला टोला गांव के सम्पर्क सड़क से एक दम टूट गइल बा. अनेसा बा कि देर रात ले दियरा के कोटवापट्टी रामपुर आ रायपुर बिंदगांवा पंचायतो में बाढ़ के पानी पसर जाई. अफसोस के बात ई बा कि अबहीं ले प्रशासन के नींद नइखे टूटल.
भोजपुर जिला के बड़हरा में गंगा नदी पूरा उफान में बाड़ी आ खतरा का निशान से करीब डेढ़ मीटर नीचे बाड़ी, तबहियो बाढ़ के पानी बड़हरा, आरा सदर आ बिहिया के अनेके गाँव में पसर गइल बा.
गोपालोगंज में गंडक नदी के पानी दर्जनो गाँव में घुस गइल बा. विश्वंभरपुर-जादोपुर सड़क पर करीब चार फीट पानी बहत बा जवना चलते एह सड़क पर आवाजाही बंद हो गइल बा.
यूपी के बलियो में बाढ़ के हालात भयावह हो गइल बा. घाघरा नदी के बढ़ाव जारी बा हालांकि गंगा के रूझान अबहीँ थथमल लागत बा. कई जगहा घाघरा के पानी टीएस बंधा आ रिंग बंधा से सटले बहे लागल बा. तिलापुर डेंजर जोन में टीएस बंधा पर पानी के बहुते दबाव बन गइल बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..