सोना खातिर खोदाई के राज भउजी खोल दिहली

भउजी हो!
का बबुआ ?

हई उन्नाव में सरकार सोना खातिर खोदाई काहे करवावत बिया?
हम त रउरा के अतना बुड़बक ना बूझत रहीं.

ई का? हम तोहरा से सवाल पुछनी त तू हमरा के बूड़बक बतावे लगलू।
त रउरे बताईं उन्नाव कहाँ बा?

कानपुर का लगे.
आ कानपुर में का होखे वाला बा?

मोदी के रैली.
त रैली के हवा निकाले ला एह खोदाई के नौटंकी कइल जात बा. आ एह काम में चापलूस मीडयो धोती खोल के नाचत बावे. कोशिश बा कि सगरी धेयान मोदी पर से हटा के सोना पर लगा दीहल जाव आ यूपी में उनकर पहिला रैली फ्लाप बना दीहल जाव.

अरे भउजी, मान गइनी हम बुड़बक बानी. अतना सोझ बात समुझे में अतना समय लाग गइल हमरा.
चलीं कवनो बात नइखे, पँवड़ाके नदी में डूबेला. जेकरा पँवड़े ना आवे से बीच नदी में जइबे ना करे.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *