‘बिहारी टाइगर’ मे अपना किरदार के बहुते पावर फुल बतवले विनय आनंद

http://bhojpurika.com/wp-content/uploads/2013/02/VinayAnand-KalpanaShah.jpgभोजपुरी फिलिमन के बेहतरीन अभिनेता विनय आनंद ‘बिहारी टाइगर’ फिलिम में एगो पुलिस इंसपेक्टर के रोल कइले बाड़न. विनय आनन्द के कहना बा कि ई किरदार बहुते पावरफुल बा जवना के उ ओतने पावरफुल तरीका से निबहले बाड़न. अपना काम से रोमांचित विनय आनंद कहलन कि एह फिलिम से दिहल गइल संदेश बहुते मजगर बा. आ बतवलन कि ढेर दिन बाद अइसन एक्शन किरदार कइले बाड़न.

निर्माण शिवशक्ति प्रोडक्शन इनटरटेंनमेंट कम्पनी कइले बिया आ निर्देशन समीर खान. लेखक हउवें अशोक श्यामल, संगीतकार पवन मुरादपुरी, छायांकन करेवाला जावेद अख्तर नाईक, गीतकार धनंजय भट्ट, बद्री दास, अउर रवि यादव, नृत्यगुरू कानू मुखर्जी, संजय कोर्वे अउर अनिल सुल्तार, मारधाड़ मास्टर हीरालाल यादव, निर्माता मनीष जे. मिश्रा आ सह निर्माता अनिल खान हउवें.


(संजय भूषण पटियाला)

1 Comment

  1. Ajay singh

    Bihari tigar is saal ki super dupar hit film ba

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।