वाराणसी से मुख्तार आ बलिया से अफजाल

अगिला लोकसभा चुनाव २०१४ खातिर एकता मंच अपना चौदह गो उम्मीदवारन के नाम के एलान कर दिहलसि. एहमें मुख्तार अंसारी के नाम वाराणसी से त अफजाल अंसारी के नाम बलिया से दिहल गइल बा. बाकी उम्मीदवारन में अंबेडकरनगर से गोपाल निषाद, लालगंज से रामदहिन पासवान, आजमगढ़ से ओमप्रकाश चौहान, गाजीपुर से बाबू सिंह कुशवाहा, सलेमपुर से ओमप्रकाश राजभर, देवरिया से जवाहर चौहान, राबर्ट्सगंज से अदालत कोल, बस्ती से विनोद राजभर, डुमरियागंज से गंगारान निषाद, गोंडा से तुलसी राजभर, बहराइच से अरविंद कन्नौजिया, बलरामपुर से कुंजावती देवी, आ खलीलाबाद से सुशीला निषाद के नाम बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।