सम्मानित भइले संजय भूषण पटियाला

पिछला तीन सितंबर के पटना के गॉधी मैदान स्थित काली दास रंगालय में सरगम कला एवं समाज कल्याण संस्था बिहार शिक्षा केसरी सम्मान समारोह आयोजित कइलस. कार्यक्रम के उद्घाटन पूर्व मुख्यमंत्री ड़ॉ जगन्नाथ मिश्र कइले. एह मौका पर समाज सेवी अनिल सुलभ, राम देव प्रसाद, श्रीदेश्वर प्रसाद, नीरज कुमार, एस.एन.पी. सिंहा, मणिभूषण कुमार,आ कार्यक्रम संचालक विश्व मोहन चौधरी संत मौजूद रहले.

डॉ जगन्नाथ मिश्रा अपना संबोधन में कहले कि आजु बिहार में लड़िका लड़िकी बढ़-चढ़ के पढ़ाई में लागल बाड़े आ जल्दिये बिहार के पूरा दुनिया में नाम होई. उनका हाथे दस अलग-अलग विधा के लोग के सम्मानित कइल गइल जवना में फिल्म प्रचारक के सम्मान संजय भूषण पटियाला के, पत्रकारिता खातिर ब्रजनन्दन जी, प्रबंधन शिक्षा में कुन्दन कुमार के, आ प्रवीण कुमार पंकज, ई. एस आलम, एस के सिह. पंकज कुमार, हाजी खुर्शीद हसन, यु.के.प्रसाद, दिनेष कुमार मिश्रा, आ लोक गीत गायक विद्या शामिल रहले.

बाद में एगो रंगा-रंग सांस्कृतिक सामारोह भइल जवना में आकांक्षा, ज्योति, हिमानी प्रीया, नीलम श्रीवास्तव, तमन्ना राव, नीलम सिंह, सतीश कुमार, कपिलेश्वर शर्मा वगैरह भाग लिहले.


(स्रोत – दीपक कुमार)

1 Comment

  1. pappupandey

    verry good sanjay
    LAGE RAHO *******

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।