‘मिटे ना सेनुरवा’ के संगीतमय मुहूर्त

विष्णु प्रिया सेवन आर्ट्स के बैनर तले बनत भोजपुरी फिल्म ‘मिटे ना सेनुरवा’ के संगीतमय मुहूर्त ज़ैनब खान के गावल गीत का रिकार्डिंग से पिछला दिने स्वरलता रिकार्डिंग स्टूडियो में संगीत निर्देशक शंकर बी. प्रसाद के निर्देशन में करावल गइल.

एह मौका पर विशिष्ट अतिथि का रूप में धीरेन्द्र सिंह, पृथ्वीराज सिंह शेखावत, नंद किशोर शर्मा आ फिल्म वितरक चंद्रू धनवानी मौजूद रहलें. फिल्म के निर्माता भरत रावल, सह-निर्माता अमूल गोयल आ निर्देशक राजकुमार परदेसी हउवें. मुख्य कलाकारन में अखिलेश राय, रेखा सिंह, जयश्री टी., विजय शेट्टी, दशरथ कचरावत, दुर्गा सिंह, अतुला भटवाडेकर, अनिल तरले, सुभाष पाठक आ आईटम गर्ल के रूप में सपना आ ज्योति कोठारी के नाम बा.

पुष्पगंगा एंटरटेनमेंट के प्रस्तुति ‘मिटे ना सेनुरवा’ एगो धर्मपरायण औरत के भक्ति-आस्था के कहानी ह, प्रताड़ित भइला का बादो ऊ बदला का आग में नइखे जरत बलुक आपन आत्मबल मजबूत करत माँ गंगा के आराधना में लीन हो जात बिया आ आखिरकार ओकर जीत होखत बा.

फिल्म के शूटिंग अगिला महीना से शुरु होई.


(स्रोत : समरजीत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।