रामाशंकर तिवारी के ‘दिल हो गईल कुर्बान‘

आर.एस. फिल्मस् प्रोडक्शन के बैनर तले बने जात भोजपुरी फिल्म “दिल हो गईल कुर्बान” के निर्माता आर.एस.तिवारी कहलन कि ई फिल्म पूरा तरह से रोमांटिक अउर एक्शन प्रधान फिल्म हवे, फिल्म में एगारह गो गाना होखी आ शूटिंग सितम्बर में शुरू होई. एह फिल्म से नवोदित एक्टर रामाशंकर तिवारी के भोजपुरी परदा पर पहिला बेर उतारल जात बा. प्रतापगढ़ के रहे वाला रमाशंकर तिवारी दमन सिल्वासा, वापी गुजरात में ट्रान्सपोर्ट कंपनी चलावेलें आ भोजपुरी में कुछ करे खातिर फिल्म इण्डस्ट्री में उतरल बाड़े.

एह फिल्म के निर्देशक ब्रज भुषण, गीतकार: विनय बिहारी, विपिन बहार, संगीतकार: दामोदर राव आ मुख्य कलाकार: रामाशंकर तिवारी, विष्णू शंकर बेलू, अखिलेश राज बाड़ें.


(संजय भूषण पटियाला के रपट)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।