श्रीराममंदिर बनवावे के चिट्ठी लिखे वाला गृह सचिव निलंबित

उत्तर प्रदेश सरकार अयोध्या के श्रीराम मंदिर से जुड़ल विवादास्पद चिट्ठी जारी करे के मामिला के पूरा गंभीरता से लेत गृह सचिव के काल्हु पद से हटा दिहले रहुवे आ आजु उनका के निलंबित कर दिहलसि.
आधिकारिक प्रवक्ता के कहना बा कि राज्य के प्रमुख सचिव गृह आर.एम.श्रीवास्तव के अध्यक्षता मे 14 अक्टूबर को होखे वाली बइठक का बारे में चिट्ठी जारी करत घरी सर्वेश चन्द्र मिश्र सही विषय ना लिख के बहुते गलत, भ्रम फइलावे वाला आ विवादास्पद विषय लिख के ओह पर हस्ताक्षर कर दिहले. चिट्ठी से सरकार ला बहुते असमंजस के हालत हो गइल आ जनता में पूरा गलत संदेश चल गइल.
एह चलते 1997 बैच के आइएएस अधिकारी सर्वेश चन्द्र मिश्र के तत्काल प्रभाव से निलंबित करत उनुका खिलाफ विभागीय कार्रवाई करे के फैसला लीहल गइल बा. निलंबन का दौरान सर्वेश चन्द्र मिश्र राजस्व परिषद से जुड़ल रहीहे.
गौर करे लायक बा कि गृह विभाग से जारी ओह पत्र मे लिखल गइल रहे कि 14 अक्टूबर के होखे वाला बइठक में सोमनाथ का तर्ज पर श्रीरामजन्मभूमि पर मंदिर बनावे का बारे में बात विचार होखे वाला बा.
(वार्ता)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।