बलिया के वकीलन के हडताल टूटल

बलिया 21 अक्टूबर (वार्ता) बलिया जिला के जिला एवं सत्र न्यायालय मे पिछला 28 दिन बाद आजु फेर से न्यायालयी कामकाज शुरु हो गइल.

एगो सार्वजनिक रास्ता से अतिक्रमण हटावे के मांग को लेके एहिजा के वकील पिछला 23 सितम्बर से हडताल पर रहले आ बार एसोसिएशन,. सिविल बार एसोसिएशन, क्रिमिनल बार एसोसिएशन, आ जूनियर बार एसोसिएशन के सदस्य एह हड़ताल में शामिल रहले.

सिविल बार एसोसिएशन के अध्यक्ष नरेन्द्र बहादुर सिंह आ संघर्ष समिति के संयोजक विनोद कुमार सिंह बतवले कि अधिवक्ता देवेन्द्र सिंह आ अधिवक्ता सत्येन्द्र सिंह के घर ले जाए वाला सार्वजनिक मार्ग पर एगो दबंग दीवार खडा क के अतिक्रमण कर लिहले रहे. जिला प्रशासन से बार बार निहोरा कइला का बादो अतिक्रमण ना हटल त मजबूर हो के मामिला बार एसोसिएशन मे राखल गइल.

बार एसासिएशन के प्रतिनिधि मण्डलो जा के जिला प्रशासन से अतिक्रमण हटावे के मांग कइलसि तबहियो जिला प्रशासन अतिक्रमण ना हटवलसि. तब चारो बार एसोसिएशन 23 सितम्बर से न्यायिक कार्य से अलगा रहे आ हडताल पर जाए के एलान क दिहले. एकरा बाद पिछला शनिचर से अधिवक्ता एह माँग ला आमरण अनशन पर बइठ गइले.

एकरा बाद जिला एवं सत्र न्यायाधीश के मौजूदगी में जिलाधिकारी,. पुलिस अधीक्षक, आ अधिवक्ता प्रतिनिधि मण्डल के बीच बात भइल. एकरा बाद शनिचरे के पुलिस के उपस्थिति में जिला प्रशासन दीवार गिरवा दिहलसि आ अतिक्रमण हटवा दिहलसि.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।