ट्रेन से कटा के दू गो औरतन के मौत

छपरा 04 नवम्बर (वार्ता) पूर्व मध्य रेलवे के सोनपुर रेल मंडल मे आज छपरा सिवान रेल खंड पर एकमा स्टेशन का नियरा एगो ट्रेन से कटा के दू गो औरतन के मौत हो गइल.

पुलिस के कहना बा कि एकमा थाना के माने गांव के भगवान प्रसाद के पत्नी अड़तीस साल के कलावती देवी आ छोटेलाल प्रसाद की पत्नी पैंतीस साल के बबीता देवी भोर में दिशा मैदान ला रेलवे लाईन पर गइल रहली. एही बीच सिवान से मुजफ्फरपुर जात इंटरसिटी एक्प्रेस गुजरल जवना के कुहासा में ई लोग देख बा पावल आ ओकरा चपेटा में आ गंइल.

कटा गइला से दुनु के मौत ठाँवे प हो गइल.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..