महाबीरी जुलूस खातिर सिवान पुलिस चउकस बिया

सिवान में जन्मा‍ष्टमी का दिन से शुरू होखे वाला महाबीरी जुलूसन खातिर जिला पुलिस पूरा तरह से चउकस बिया. बतावत बिया कि शहर में निकले वाला जुलूस पर सीसीटीवी से नजर राखल जाई आ कवनो तरह के बवाल करे वालन पर कड़ेर कार्रवाई कइल जाई. एह जुलूसन में डीजे आ आर्केस्ट्रा पर पूरा तरह से रोक रही. पुलिस खास क के ओह जगहन पर बेसी धेयान देत बिया जहाँ पहिले कबो बवाल होखल बा. डीएम के आदेश बा कि हर जुलूस के टाइम आ रूट पहिले से तय क दिल जाव आ बिना अनुमति कवनो अखाड़ा के जुलूस मत निकाले दिहल जाव.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।