कुछ सौ लोग के भीड़ का सोझा साथे मंच पर अइले नीतीश आ लालू
-

कबो लालू के जंगल राज का खिलाफ भाजपा से हाथ मिला के सरकार चलावे वाला नीतीश कुमार अब ओही लालू संगे गलबहियाँ करत बाड़न. काल्हु हाजीपुर के जमालपुर गाँव में एगो चुनावी सभा में पहिला बेर दुनू जने मंच साझा कइले. पत्रकार आ मीडिया के भीड़ त जरूर रहल बाकिर लोग में कवनो खास उत्साह देखे के ना मिलल. एह सभा में बमुश्किल कुछ सौ लोग मौजूद रहल बाकिर एहसे नेता हतोत्साहित ना भइले. एह लोग के दावा बा कि अब बिहार से भाजपा के सफाया क दी लोग. बिहार में दस गो विधानसभा सीट पर होखे वाला उपचुनाव में भाजपा नीत राजग का खिलाफ लालू के राजद, नीतीश के जदयू आ कांग्रेस एक साथे आ गइल बा लोग. राकांपा बाहर से समर्थन देत बिया एह लोग के. पूरा देश एह गठब्न्हन के भविष्य पर निगाह गड़वले बा काहे कि अगर सफलता मिलल त पूरा देश में एह तरह के कोशिश होखी आ अगर ना मिलल त फेर एह तरह के कवनो मोर्चा के बाते हवा में उधिया जाई.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts