जेपी विश्वविद्यालय छपरा के कुलपति के जान से मारे के धमकी

जयप्रकाश विश्वविद्यालय, छपरा के कुलपति प्रो. द्विजेंद्र गुप्ता आ छात्र कल्याण डीन प्रो. आरबी कुंवर के एगो मोबाइल से जान से मार देबे के धमकी मिलल बा. कुलपति के इमेलो पर अनर्गल मेल अवत बा. पुलिस पता लगावे में लागल बिया कि मोबाइल नंबर केकर ह. इहो पता नइखे चलत कि काहे खातिर एह तरह के धमकी दिहल जा रहल बा. डीन का फोन पर धमकी देबे वाला अपना के माले नेता बतवले रहुवे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।