Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

खबर भोजपुरी में (बुध, 14 जनवरी 2015)

(मंगल, 13 जनवरी के खबर)

 हरियाणा के रेवाड़ी में देश के पहिलका सीएनजी चालित रेलगाड़ी चालू होखे का मौका पर भाषण देत गाजीपुर के सांसद आ रेल राज्यमंत्री मनोज सिन्हा.


हरियाणा के रेवाड़ी में देश के पहिलका सीएनजी चालित रेलगाड़ी चालू होखे का मौका पर भाषण देत गाजीपुर के सांसद आ रेल राज्यमंत्री मनोज सिन्हा.

  • राजद अध्यक्ष अध्यक्ष लालू प्रसाद आजु साफ कहलन कि जदयू आ राजद के आपस में घोरा जाए के कवनो उमीद नइखे. कहलन कि होखी त जनता पार्टी परिवार के सगरी गोल के घोल ना त केहू के ना. सुने में आवत बा कि मुलायम सिंह यादव सगरी गोल के घोल बने में कवनो बात पर अड़ल बाड़े जवना चलते बात आगे नइखे बढ़ पावत.
  • बिहार के कनकनात जाड़ का बीच राजनीति गरमाए के उमेद बा. खिचड़ी का मौका पर बुध का दिने जदयू के बिहार अध्यक्ष वशिष्ठ नारायण सिंह दही-चूड़ा भोज दिहें जवना में लालू प्रसाद, नीतीश कुमार, शरद यादव समेत मुख्यमंत्री जीतन राम मांझीओ शामिल होखीहें. न्यू पटना क्लब में आयोजित एह भोज में करीब 12 हजार लोग शामिल होखी.
  • उत्‍तरप्रदेश का लखनऊ में जहरीला शराब पी के मरे वालन के गिनिती 31 हो गइल बा. एह हादसा के मुख्य आरोपी जुगनू के गिरफ्तार कइल जा चुकल बा. अउरियो लोग के गिरफ्तार करे के कोशिश कइल जात बा. साथही तीन गो अउर अधिकारियन के निलंबित कइल गइल बा. ई मिला के अबले एह मामला में 19 जने के निलंबित कइल जा चुकल बा.
  • कांग्रेस आ भाजपा दिल्ली के चुनाव में केहू के नेता बता के चुनाव ना लड़ीहें. कांग्रेस के अजय माकन कहलन कि कांग्रेस में एकर कवनो परंपरा नइखे. जबकि भाजपा के दिल्ली अध्यक्ष सतीश उपाध्याय कहलन कि चुनाव प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के नेतृत्व में लड़ल जाई. कहलन कि दू तीन दिन में भाजपा अपना उम्मीदवारन के सूची तय क ली. एह बीच कांग्रेस आ आआपा गोल के एक दर्जन नेता भाजपा में शामिल हो गइले.
  • जरूरी कानूनन खातिर अध्यादेश ले आवे के मोदी सरकार के नीति के आलोचना कइले बाड़ी कांग्रेस अध्‍यक्षा सोनिया गांधी. कहली कि एहसे संसद के अवहेलना होखत बा. कहली कि भाजपा के सरकार भूमि अधिग्रहण कानून के खतमे कर दिहले बिया. इनका जवाब में भाजपा बोलतुआ जी वी एल नरसिम्हा कहलन कि राज्यसभा ना चले देबे के कांग्रेसी जिद्द का चलते अध्यादेश ले आवल मजबूरी बन गइल आ यूपीए के राज में 61 गो अध्यादेश जारी भइल रहे.
  • जम्‍मू कश्‍मीर में सरकार बने के राह आसान बनावत नेशनल कांफ्रेंस राज्‍यपाल एन.एन. वोहरा के चिट्ठी लिख के कहले बिया कि ओकर समर्थन पी डी पी के बा. आ कवनो फैसला करे से पहिले नेकां नेतृत्वो से बात कइल जाव.
  • रक्षा मंत्री मनोहर पर्रिकर पाकिस्तान के चेतावत कहले बाड़न कि ऊ लुकाके लड़ाई करे से बाज आवे ना भारत आगे चढ़ के जवाबी कार्रवाई करी. साफ कहलन कि पाकिस्तान से कवनो तरह के बातचीत होखे से पहिले ओकरा आपन हरकत बंद करे के पड़ी. कहलन कि भारत अइसन कर दी कि फेर दुश्मन लुका के लड़ल छोड़ दी.
  • सेनाध्‍यक्ष जनरल दलबीरो सिंह कहलन कि पाकिस्तान अपना किहां आतंकवाद से होखत नुकसान के बावजूद जम्मू कश्मीर में एकरा के समर्थन देत बा जवन ओकर हताशा देखावत बा. कहलन कि कवनो तरह के गोलीबारी के निकहा जवाब दिहल जाई. हर कमांडर के छूट दे दिहल बा कि ऊ अपना हिसाब से जवाब देबे ला आजाद बा. चीन का बारे में कहलन कि चीन सीमा पर पूरा शांति बनल बा.
  • अमरीका के विदेश मंत्री जॉन केरी कहलन कि पाकिस्‍तान के अफगानिस्‍तान, भारत आ अमरीका ला खतरा बनल सगरी आतंकी गुटन पर अंकुसा लगावे के होखी. कहलन कि लश्‍करे तैएबा, तालिबान आ हक्‍कानी नेटवर्क जइसन आतंकी गुट खाली पाकिस्‍ताने ना एकरा पड़ोसी देशन आ दुनियो ला खतरा बनल बाड़े सँ.
  • केन्द्र सरकार खान आ खनिज विकास अउर नियमन विधेयक 1957 में संशोधन करे वाला अध्यादेश जारी क दिहलसि जवना का बाद लौह अयस्क आ गैर कोयला खदान के आवंटन करे खातिर प्रतिस्पर्धी नीलामी के राह खुल गइल.
  • हरियाणा में आज रेवाड़ी से रोहतक का बीच देश के पहिलका सी.एन.जी. रेलगाड़ी शुरू हो गइल. एकरा के रेलमंत्री सुरेश प्रभु, रेल राज्‍यमंत्री मनोज सिन्‍हा, आ रक्षा अउर योजना राज्‍यमंत्री राव इन्‍द्रजीत सिंह रेवाड़ी जंक्शन पर हरियर झंडी देखा के रवाना करवलन.
  • अंतर्राष्ट्रीय बाजार में कच्चा तेल के दाम घट के 45 डॉलर 23 सेंट प्रति बैरल हो गइल जवन कि पिछला छह साल के सबले कम दाम बा. अमरीकी क्रूड ऑइल के दाम अउरी कम हो के 44 डॉलर 21 सेंट प्रति बैरल रह गइल. ओपेक देश संयुक्त अरब अमीरात आजु आपन तेल उत्पादन घटावे से मना क दिहलसि. कहलसि कि घटावे के बा त अमेरिकी तेल के उत्पादन पहिले घटे. एह बीच आजु मुंबई शेयर बाजार में फेरू गिरावट दर्ज भइल.
  • लोहिडी, मकर संक्रान्ति आ पोंगल के त्‍योहार पारम्‍परिक श्रद्धा आ उल्‍लास से मनावल जात बा. एह मौका पर राष्‍ट्रपति, उपराष्‍ट्रपति आ प्रधानमंत्री देशवासियन के शुभकामना दिहले.
  • यूपी में आज से स्लीपर बस सेवा शुरू हो गइल. एह बसन में पच्चीस गो कुर्सी आ बारह गो स्लीपर बर्थ के इंतजाम बा. एह सेवा के शुरूआत लखनऊ में परिवहन राज्य मंत्री मानपाल सिंह कइलन.
  • राज्य विधान परिषद खातिर घोषित आपन उम्मीदवार लक्ष्मण आचार्य के भाजपा बदल दिहलसि. अब दयाशंकर सिंह के उम्मीदवार घोषित कइल गइल बा.
  • दू दिन से निकलत घाम का बावजूद बिहार आ यूपी में जाड़ के कनकनी वइसने बनल बा. दिनो में घाम का बावजूद बरफ जइसन हवा चलला का चलते लोग ठिठुरत रह गइल.
  • बिहार मंत्रिमंडल के अगिला बइठक पश्चिम चंपारण जिला के बाल्मीकीनगर में तीन फरवरी के होखे वाला बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *