२७ जून के बिहार में रिलीज होखी भोजपुरी फिलिम ‘विलेन’

Villain-poster
चाचा भतीजा, दामिनी, प्रेम दिवानी, आ दिलेर जइसन कामयाब फिलिमन के निर्माता आ बिहार के मशहूर वितरक आ विधायक डाक्टर सुनील के अगिला फिलिम ‘विलेन’ 27 जून से बिहार में रिलीज होखे जात बा.

फिलिम के माथ किरदार निभवले बाड़न चर्चित खलनायक अवधेश मिश्रा. विजय लक्ष्मी इंटरनेशनल के पेशकश आ एम.आर.एफ. फिल्म्स के बैनर में बनल एह फिलिम के निर्माता मनीष कुमार, कहानी लेखक आ निर्देशक जी. सुब्बा राव, संगीतकार राजेश रजनीश, गीतकार प्यारेलाल यादव, कैमरा मैन आर.आर. प्रिंस, मारधाड़ निर्देशक हीरा यादव, अउर नृत्य निर्देशक राम देवन हउवें.

मुख्य कलाकार हैं अवधेश मिश्रा, प्रियंका पंडित. के.के.गोस्वामी, आनंद मोहन, अनामिका, दीपक सिंहा. साथही सीमा सिंह आ रिंकू घोष के जलवो देखे के मिली.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।