भोजपुरी में खबर (बियफे, 14 मई 2015)
  • सुप्रीम कोर्ट अपना फैसला में बुध का दिने कहलसि कि सरकारी विज्ञापन में राष्ट्रपति, प्रधानमंत्री, आ सुप्रीम कोर्ट के मुख्य न्यायाधीश का अलावे केहु के फोटो ना दीहल जा सके. मरल लोग में बस मोहनदास गाँधी आ जवाहरलाल नेहरू के फोटो छापल जा सकेला. पता ना ई सब कइसे आ कवना आधार पर हो रहल बा कि जहाँ न्याय करे के जरुरत बा तहाँ ना त न्याय होखत बा ना होखत लउकत बा बाकिर बेजरूरत वाली बात पर फैसला तुरते आ जात बा. अब केहु पूछे कि नेताजी सुभाष चन्द्र बोस भा वल्लभभाई पटेल के फोटो काहे ना दीहल जा सके सरकारी विज्ञापन में भा राज्य सरकारन के विज्ञापन का बारे में न्यायालय के का राय बा, त शायदे जबाब मिल पाई. एह तरह के फैसलन से देश के जनता का बीच खुद न्यायालय के छवि बिगड़त बा बाकिर ओकर चिन्ता के करो. बहुत होखी त बोले वाला लोग के अदालत के मानहानि के मुकदमा चला के बंद क दीहल जाई.
  • मोदी सरकार के लाख कोशिश का बावजूद कांग्रेसी अडंगा लगला का चलते भूमि सुधार विधेयक आ वस्तु अउर सेवा कर विधेयक संसद में पारित ना हो सकल आ लटकल रहि गइल. कांग्रेस ठान लिहले बिया कि विकास के कवनो काम ऊ ना होखे दी देश में. ओकर नेता राहुल गाँधी झूठ बयान दे के सरकार के आलोचना करत बाड़न बाकिर सचाई सामने अइला का बादो अपना बयान में सुधार नइखन करत. पता ना उनकर सलाहकार के बा. बाकिर देश के जनता अतना बुड़बक ना हिय कि ऊ सही गलत में फरक ना कर पाई. ना खेलब ना खेले देब, खेलवे बिगाड़ देब के कांग्रेसी चाल लोग देर सबेर बुझिए जाई.
  • तीन दिन के दौरा पर पीएम मोदी आजु चीन चहुँप गइलन. ओहिजा हवाई अड्डा पर उनकर शानदार स्वागत भइल. शुरुआत ओहिजा के राष्ट्रपति के मूल शहर शियान से भइल बा.
  • अफगानिस्तान के राजधानी काबुल का एगो होटल में ओहिजा के मशहूर गायक के गवनई सुने जुटल विदेशी मेहमानन से भरल पार्क पैलेस होटल पर आतंकी हमला बोल दिहलें. एह हमला में एगो अमेरिकी नागरिक समेत पाँच जने के मौत होखे के खबर बा.
  • पाकिस्तानी शहर कराची में बुध का दिने सुन्नी आतंकियन के गोल शिया मुसलमानन से भरल बस पर अंधाधुंध गोली चला के कम से कम 45 गो शिया मुसलमानन के मार गिरवले सँ. 20 लोग घवाहिल हो गइल बा. दुनिया भर में सुन्नी आतंकी शिया आ दोसर मुसलमान समूहन के रह रह के हत्या करत रहेलें.
  • देश में व्यवसाय कइल आसान बनावे ला ले आवल गइल विधेयक के बुध का दिने राज्यसभा के मंजूरी मिल गइल. एह विधेयक से कंपनी कानून में बहुते तरह के सुधार कइल गइल बा आ वित्त मंत्री अरुण जेटली के कहना बा कि अबहीं अउरी सुधार करे के जरूरत बा जवना खातिर समिति बनावल गइल बा.
  • बिहार के नदियन के आपस में जोड़े के योजना पर काम शुरू करे खातिर केन्द्र सरकार पर दबाव डाले के फैसला कइले बिया बिहार सरकार. एह बारे में आजु बियफे का दिने दिल्ली में बोलावल गइल केंद्रीय जल नीति के बइठक में बिहार के जल संसाधन मंत्री विजय कुमार चौधरी केंद्र से बतियइहें. बिहार सरकार तेरह गो नदियन के जोड़े खातिर डीपीआर तइयार करावत बिया. तीन गो योजना के डीपीआर तइयारो हो गइल बा.
  • देर से सामने आइल खबर में पता चलल बा कि उत्तर कोरिया के निर्दयी आ खूंखार तानाशाह अपना रक्षा मंत्री के तोप से उड़वा दिहलसि. रक्षा मंत्री के कसूर रहुवे कि सभा में जब तानाशाह बोलत रहुवे त उनुका झपकी लाग गइल. अतने पर नाराज होके उनुका के तोप से उड़ा दीहल गइल. वइसे ई जब साल 2012 में रक्षा मंत्री बनल रहलें तब कई गो अधिकारियन के एही तरह छोट छोट बात ला मौत के सजा दे दीहल गइल रहे. तानाशाह किम जोेंग अपना फूफो से नाराज हो के उनुका के भुखाइल कुकुरन का सोझा फेंक के नोचवा मरले रहुवे. बाद में फुओ के जहर दे के मार डललसि.
  • जौनपुर में नेहरू नगर सीएचसी के प्रभारी डाक्टर के कुछ मनबढ़ पिटाइ कर दिहलें जवना का बाद तीन घंटा ले सीएमओ दफ्तर का आगे प्रदर्शन कइले उनकर सहकर्मी बाकिर यूपी के मौजूदा शासन व्यवस्था में हमलावरन का खिलाफ कुछ होखे के उमेद ना कइल जा सके. एहिजा के मनबढ़ त पुलिस अधिकारियन तक के पीट देबेलें आ अपना राजनीतिक रसूख का बल पर बेखौफ रहेलें. पुलिसो में अतना बेंवत नइखे रहि गइल अपनो रक्षा कर सके आम जनता के त बाते छोड़ दीहल जाव.
  • बिहार के आठ गो मेडिकल कालेजन में एह साल दाखिला लेबे के इजाजत मेडिकल काउन्सल से मिल गइल बा. सरकार वादा कइले बिया कि तीन महीना का भीतर सगरी कमी दूर क दीहल जाई आ एही वादा पर ई मंजूरी मिलल बा. बाकिर देखे के होखी बिहार सरकार आपना वादा कतना निभावत बिया.
  • गुजरात के मुख्य सचिव रह चुकल 1975 बैच के आईएएस अधिकारी अचल ज्योति के देश के चुनाव आयुक्त बनावल गइल बा.
  • केंद्र सरकार के टीम मार्च आ अप्रैल में भइल फसल के नुकसान के जायजा लेबे खातिर 18 मई से 20 मई का बीच बिहार के दौरा करी आ मुजफ्फरपुर, पूर्वी चंपारण, दरभंगा, सिवान, सारण आ मधुबनी जिला जा के बरबादी के हिसाब लगाई.
  • भूकंप के धियान में राखत बिहार के कई इलाका में ट्रेन के गति धीमे राखे के फैसला लिहले बिया रेलवे. एह इलाका के रेलखंड पर रेल के रफ्तार 30 किलोमीटर प्रति घंटा से बेसी के ना होखी.
  • हड़ताल ले के शिक्षकन के दू गो गुट का बीच झगड़ा हो गइल बा. एक गुट बुध का दिने शिक्षा मंत्री के मौजूदगी में हड़ताल रोके के एलान क दिहलसि. सरकार भरोसा दिहले बिया कि हड़ताल के तनखाह काटल ना जाई बशर्ते एकर भरपाई शिक्षक लोग अतिरिक्त क्लास लगा के करा देव.
  • विश्वविद्यालय अनुदान आयोग देश भर में चलत 21 गो फर्जी विश्वविद्यालयन के सूची जारी कइले बावे आ एहमें दरभंगा के मैथिली यूनिवर्सिटी नाम से चले वाली संस्थो के नाम शामिल बा.
  • बक्सर जिला के सिकरौल थाना के बगेन मोड़ का लगे एगो ट्रैक्टर पलटला से एक आदमी के मौत हो गइल आ चार जने घवाहिल हो गइले.
  • गोपालगंज जिला के बैकुंठपुर गांव में एगो सोना व्यापारी से दू लाख रुपिया के गहना लूट लीहल गइल बा.
  • सिवान जिला के रघुनाथपुर इलाका के बलपार का लगे सरयू नदी का किनारे एगो नवहिन समेत तीन लोग के लाश मिलल बा. पुलिस मामला के जाँच करत बिया.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *