डांस संग्राम में वाइल्ड कार्ड (पपलू) इंट्री

A participant performing for Dance Sangram

भोजपुरिया दर्शकन के आपन चैनल महुआ पर चल रहल रियलिटी शो डांस संग्राम अपना पूरा शबाव पर आ गइल बा. लोकप्रियता आ गुणवत्ता दुनु में ई शो दोसरा बड़का कहल जाये वाला रियलिटी शोअन के टक्कर दे रहल बा. अब एह कार्यक्रम में एगो दू गो ना पूरा एगारह गो प्रतिभागी वाइल्ड कार्ड इंट्री मार रहल बाड़े.

एह हफ्ता देखावल जाये वाला शो में अलगा अलगा राज्यन के डांसिग स्टार आपन कौशल देखावे आ रहल बाड़े. एह में से चार गो चुनिन्दा प्रतिभागी चुनल जइहें जे मुकाबिला में शामिल होखिहन. हर प्रतिभागी अपना स्टाइल में इंट्री मरीहें आ फेर आपन आपन प्रस्तुति दीहें. शो का दौरान जज सरोज खान, आ टीम मालकिन श्वेता तिवारी प्रतिभागियन से कहली कि जे भी आवे ई मत कहे कि ई ओकर पहिलका प्रस्तुति ह. काहे कि जिनका लोग से राउर कम्पटीशन बा ऊ लोग बहुते आगा निकल चुकल बा.

देखल जाव कि एह प्रतिभागियन में से के आगा बढ़त बा आ के घर वापिस लवटि जात बा.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।