मुंबई में भारी भीड़ उमड़ल ‘खून भरी मांग’ देखे खातिर

ManojRPandey
निर्देशक राजकुमार आर॰ पाण्डेय के हर फिलिम के दर्शकन के ढेरहन प्यार मिलत आइल बा आ इनकर सगरी फिलिम सुपरहिट होली सँ. अब इनके निर्देशन में बनल निर्माता प्रदीप सिंह के ‘खून भरी मांंग’ बिहार में मिलल सफलता का बाद मुंबईओ में धमाकेदार ओपनिंग लिहले बिया.

एक्शन स्टार अभिनेता मनोज आर॰ पाण्डेय के जबरदस्त एक्शन आ स्टंट बावे एह फिलिम में. इनकर बोलल कुछ संवाद त हर देखेवाला का जुबान पर चढ़ जात बा. जइसे कि ‘अब चाहे आंधी आवे या तुफान, खोदे के पड़े कब्र चाहे भेजे के पड़े केतनन के शमशान, जब आ जाईले अपना आन पर तऽ मिटा देहिला केहू के भी शान!’

एह फिलिम में मनोज पाण्डेय के सहयोगी अदाकारा बाड़ी भोजपुरी के लोकप्रिय अभिनेत्री पाखी हेगड़े.


(रामचंद्र यादव, संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।