Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

टटको में टटका खबर : 16 सितंबर 2014

विएतनाम में अपना सम्मान में आयोजित रात्रि भोज में राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी

  • उच्चतम न्यायालय आजु केंद्र सरकार से पूछलसि कि अवैध हथियारन के बिक्री में शामिल सेना के अधिकारियनो के ओही तरह सजा दिहल जाव जइसे कवनो गरीब के दस रुपिया चोरावे खातिर तीन महीना के जेल दिहल जाला.
  • बिहार में संविदा पर काम करत सैकड़ों अंचल अमीन आजु से आपन मांग ले के आमरण अनशन शुरू कइलें.
  • देवरिया पुलिस काल्हु के रात वाहन चेकिंग करत में गाड़ी चोरावे वाला गिरोह के पांच गो सदस्यन के गिरफ्तार क के ओकनी लगे से 19 गो मोटरसाइकिल बरामद कइलसि.
  • केंद्रीय सूचना आयुक्त रहल शैलेश गांधी समेत अनेके लोग सीबीआई निदेशक रंजीत सिन्हा का खिलाफ लागल आरोपन के जांच विशेष जांच दल से करावे के गोहार उच्चतम न्यायालय के मुख्य न्यायाधीश आर एम लोढा से लगवले.
  • मशहूर अभिनेता कमल हासन के खराब खाना से तबियत बिगड़ला पर दिल्ली के अपोलो अस्पताल में भरती करावल गइल.
  • असम में एगो सीट भाजपा कांग्रेस से छिनलसि. सत्तारूढ कांग्रेस पार्टी आ एआईयूडीएफ पार्टिओ के एक एक सीट मिलल.
  • विश्वनाथन आनंद विश्व शतरंज चैंपियनशिप से पहिले अपना आखिरी टूर्नामेंट बिलबाओ फाइनल मास्टर्स में लगातार दुसरका जीत दर्ज करावत स्पेन के फ्रांसिस्को वेलेजो पोन्स के हरवले.
  • रोहनिया विधानसभा सीट पर भाजपा के सहयोगी अपना दल के अध्यक्ष कृष्णा पटेल चुनाव हार गइली बाकिर धाँधली के आरोप लगावत लोग धरना दिहल. तीन गो वोटिंग युनिट के सील टूटल मिलल रहे.
  • भाजपा के पश्चिम बंगाल इकाई के अध्यक्ष राहुल सिन्हा कहलन कि बशीरहाट दक्षिण सीट पर मिलल जीत राज्य में भाजपा के बढ़त लोकप्रियता के सुबूत बा.
  • कोयला के किल्लत आ तकनीकी कारण से ओबरा. पारीछा आ हरदुआगंज थर्मल प्लांट के आधा दर्जन युनिट बंद होखला से राज्य के बिजली संकट अउरी बदतर भइल.
  • कांठ बवाल मामला में हाई कोर्ट से साठो आरोपियन के जमानत हो गइल. कांठ के अकबरपुर चैदरी गांव में मंदिर से लाउडस्पीकर हटावे का खिलाफ ई लोग बवाल कइले रहल.
  • यूपी उपचुनाव पर बोलत आदित्यनाथ के कहना रहे कि उ नोएडा आ लखनऊ गइल रहले आ दुनू जगहा भाजपा जीतल. कहले कि भाजपा के चुनाव संचालन में कमी रहल.
  • ‘सितारों के आगे जहाँ और भी है, अभी वक़्त के इम्तिहां और भी हैं’ – उपचुनाव परिणाम पर भाजपा नेता मुख्तार अब्बास नकवी(BJP) के ट्वीट.
  • पियक्कड़न के तकलीफ देखल नइखे जात बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी से. कहत बाड़न कि अब हर पंचायत में शराब के दुकान खुलवावल जाई. कहलन कि बिहार में नशाबंदी नइखे करे के काहे कि तब एकर तस्करी बढ़ जाई.
  • आजु शेयर बाजार में जम के बिकवाली भइल आ सेंसेक्स 336.88 पॉइंट गिरके बंद भइल. बाकिर कुछ लोग एकरा के महज मुनाफावसूली बतावत बा.
  • एसबीआई एक साल से तीन साल का बीच के फिक्स्ड डिपाजिट के ब्याज घटा दिहलसि. अब नौ रुपिया सैकड़ा का बदले 8.75 ब्याज दिहल करी. एक करोड़ से अधिका के एफडी करे वालन के ब्याज में कवनो बदलाव नइखे कइले.
  • इन्कम टैक्स आॅफिसर का गाड़ी से लूट करे वाला पाँच गो लुटेरन के गुड़गांव में गिरफ्तार कइलसि पुलिस.
  • उद्योग संगठन ‘एसोचैम’ सरकार से गोहार लगवलसि कि पेट्रो रसायन उद्योग के बचावे खातिर पेट्रो रासायनिक उत्पादन पर आयात शुल्क बढ़ा देव.
  • सुप्रीम कोर्ट केन्द्र सरकार के आगाह कइलसि कि उ यूजीसी के काम में दखल मत देव. एगो डीम्ड विश्वविद्यालय के खिलाफ विश्वविद्यालय अनुदान आयोग के खारिज क दिहलसि सुप्रीम कोर्ट.
  • सीबीआई के विशेष अदालत सूचना आ जनसम्पर्क विभाग में समूह ‘घ” के बहाली में भइल घोटाला खातिर तब उपनिदेशक रहल राजगोपाल वर्मा के सात साल के जेल के सजा सुनवलसि.
  • उप चुनाव के परिणाम देखि के भाजपा आपन हार मनलसि बाकिर कहलसि कि एकरा के मोदी सरकार पर जनमत ना कहल जा सके. ई लोकल मुद्दा पर भइल रहे.
  • लखनऊ पूर्व सीट से भाजपा के आशुतोष टंडन उर्फ गोपालजी सपा के जूही सिंह के 26459 वोट से हरवले. आशुतोष लालजी टंडन के बेटा हउवें.
  • टटको में टटका प्रौद्योगिकी पर बनल एप्पल के नयका आईफोन..6 आ आईफोन प्लस बुकिंग के रिकार्ड बनवलसि. पहिलके दिने 40 लाख आईफोन बुक भइल.
  • नरेन्द्र मोदी के खाली कइल वडोडरा सीट से भाजपा जीतल. करीब साढ़े तीन लाख वोट से रंजना बेन भट्ट जीतली.
  • छेड़खानी के आरोपी 22 गो ट्रेनी जज के इलाहाबाद हाई कोर्ट ससपेंड कइलसि.
  • यूपी से ताजा रुझान में भाजपा एगो पर जीतल, तीन गो पर आगे. सपा सात सीट पर आगे. पहिले दस गो सीट भाजपा के रहल.
  • यूपी मुख्यमंत्री अखिलेश यादव कहलन – ‘अच्छे दिन, अच्छी बात…अच्छे परिणाम आ गए.’ एहिजा सपा आठ सीट प आगे चलत बिया.
  • पश्चिम बंगाल में भाजपा बसीरहाट सीट तृणमूल कांग्रेस से छिनलसि. चौरंगी सीट प तृनमूल आगे चलत बिया.
  • गुजरात के नौ सीट पर भइल उपचुनाव में कांग्रेस दू गो जीतलसि, एक जगहा आगे. पहिले नौवो सीट भाजपे का लगे रहल.
  • राजस्थान विधानसभा के चार सीट पर भइल उपचुनाव में नसीराबाज, वैर अउर सूरजगढ़ सीट प कांग्रेस जीतल. भाजपा के मिलल बस एक सीट कोटा दक्खिन के. पहिले चारो भाजपा का लगे रहल.
  • शिवसेना प्रमुख उद्धव ठाकरे भाजपा सांसद साक्षी महाराज के बयान के समर्थन करत अपना अखबार सामना में पूछलन कि ओहमें गलत का बा. साक्षी महाराज मदरसन के आतंकवाद के पाठशाला बतवले रहलन.
  • मनीष तिवारी आ राशिद अल्वी के मंजूर नइखे कांग्रेस पार्टी के आदेश. कांग्रेस चाहत बिया कि उहे लोग बोले जेकरा के पार्टी एह काम ला चुनले बिया.
  • शतरंज में पाँच हाली विश्वविजेता रहल विश्वनाथन आनंद बिलबाओ फाइनल मास्टर्स के पहिला मुकाबला में उक्रेन के रूस्लान पोनोमारियोव के हरा दिहलन.
  • यूपी के 11 सीट पर होखत उपचुनाव में सपा के बढ़त देखे के मिलत बा. शुरुआती रुझान में सपा छह सीट पर आगे चलत बावे.

टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *