यूपी पंचायत चुनाव के आखिरीओ दौर निपट गइल

यूपी के क्षेत्र आ जिला पंचायत सदस्यन खातिर होखत चुनाव के चउथका आ आखिरी दौर आजु सकुशल निपट गइल. वोटिंग खाति सभत्तर चइकस पुलिस प्रबन्ध रहुवे आ जहाँ तनाव बेसी रहल ओहिजा अर्ध सैनिक बल लगावल गइल रहुवे. काल्हु रात से शुरु बूनी का बीच खुशगवार हो गइल मौसम में लोग वोट डालल. गाजीपुर में एक जगहा भइल मारपीट में एक आदमी के मौत हो गइल. एकरा अलावे कुछ अउरिओ जगहा हिंसा होखे के खबर आइल बा.
चारो दौर के वोट अब एके साथ पहली नवम्बर के गिनाए वाला बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।