बनारस में रवि किशन के इसक

भोजपुरी फिलिमन के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन एक बार फेर से बाबा विश्वनाथ का नगरी बनारस में बाड़े जहाँ ऊ हिंदी फिल्म “इसक” के शूटिंग में हिस्सा लेत बाड़े. “इसक” के निर्देशक हउवें मनीष तिवारी आ निर्माता हउवें शैलेश सिंह, जे “तनु वेड्स मनु” जइसन सुपर हिट फिल्म बनवले रहले. “इसक” फिल्म में प्रतीक बब्बर, कंगना रानावत आ सुधीर पाण्डेय उनका साथ बाड़े.

अतवार के बनारस पहुचते सबसे पहले रविकिशन बाबा विश्वनाथ के दरबार में जाके पूजा अर्चना कइलन जइसन ऊ हर बेर करेले. पिछला बेर ऊ डॉ. चंद्रप्रकाश द्विवेदी के फिल्म “मोहल्ला अस्सी” के शूटिंग खातिर बनारस गइल रहले. रवि किशन के व्यस्तता एह घरी हिंदी फिलिमन में बहुते बढ़ गइल बा. एही शुक के रिलीज़ भइल “अज़ान” में उनुका काम के तारीफ़ भइल बा. एकरा अलावे ऊ विक्रम भट्ट के डेनजरस इशक, सैफ अली खान के एजेंट विनोद समेत लगभग आधा दर्ज़न हिंदी फिल्मन में काम करत बाड़े.

उनुकर भोजपुरी फिल्मनो के तादात काफी बा. पिछला महीना रिलीज़ फिल्म “संतान” आ “फौलाद” के नशा दर्शकन का दिमाग से अबहीं उतरलो नइखे तबले केहू हमसे जीत न पाई, प्राण जाये पर वचन न जाये, हमार देवदास आ मल्लयुद्ध प्रदर्शन खातिर कतार में बाड़ी सँ. बहरहाल हिंदी आ भोजपुरी सिनेमा का साथे साथ छोटको परदा पर रवि के जादू बरक़रार बा.
स्रोत उदय भगत

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।