मोतिहारी में महात्मा गांधी केंद्रीय विश्वविद्यालय के शैक्षणिक सत्र शुरु

prakashjavdekar
कोल्हु केंद्रीय मानव संसाधन विकास मंत्री प्रकाश जावड़ेकर मोतिहारी में महात्मा गांधी केंद्रीय विश्वविद्यालय के विधिवत शुरुआत करत कहलन कि 21वीं सदी में शिक्षे तरक्की के आधार ह. कहलन कि मोदी सरकार सबका ला शिक्षा आ नीमन शिक्षा का दिशाईं काम करत बिया. शोध आ अनुसंधान के बढावा दीहल जात बा. जावडेकर भरोसा जतवलन कि मॊतिहारी के ई केंद्रीय विश्वविद्यालय जल्दिये देश के उत्कृष्ट शिक्षा संस्थानम में गिनाये लागी.
एह मौका पर मौजूद रहल केंद्रीय कृषि मंत्री राधामोहन सिंह अपना संबोधन में कहलन कि उनकर मंत्रालय एह विश्वविद्यालय में कृषि विज्ञान के पढ़ाई जल्दियै शुरी कराई. साथ ही अपना सांसद निधि से विश्वविद्यालय के एक करोड रुपिया देबे के एलानो कइलन. एह धन से तीन गो बहुते आधुनिक बस खरीदइहें सँ.
मानव संसाधन विकास राज्य मंत्री उपेन्द्र कुशवाहा कहलन कि जल्दिये ही बिहार में तीसरा केंद्रीय विश्वविद्यालय विक्रमशिला के रुप में स्थापित कइल जाई.
फिलहाल विश्वविद्यालय के अस्थाई कार्यालय जिला स्कूल में बनावल गइल बा. शुरुआत में महात्मा गांधी केंद्रीय विश्वविद्यालय मोतिहारी में थोड़ही विषयन के पढाई होखी जवाना के आगा चलि का बढावल जाई.
कार्यक्रम के संचालन डॉ. अरुण कुमार आ धन्यवाद ज्ञापन विवि के विशेष कार्य पदाधिकारी सुजीत कुमार कइलन. सभा में नगरपीलिका के उप मुख्य पार्षद मोहिबुल हक, सुनीलमणि तिवारी, राजेन्द्र प्रसाद गुप्ता, अखिलेश सिंह, डॉ. लालबाबू प्रसाद, मार्तण्ड नारायण सिंह, पंकज सिन्हा वगैरह मौजूद रहलें.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।