भोजपुर आ पूर्वी चम्पारण में इंटरनेट बन्द

सोशल मीडिया पर भड़कावे वाला बात पसरल जाट देखिके बिहार सरकार भोजपुर, पूर्वी चंपारण, सीतामढ़ी आ मधेपुरा जिला में इंटरनेट सेवा बन्द करवा दिहले बिया।
प्रशासन आ मीडिया के पक्षपाती रवैया का चलते लोग अब सोशल मीडिया पर अधिका भरोसा करे लागल बा। मजबूरन जब तब मजबूर होके प्रशासन कुछ इलाकन में इंटरनेट बन्द करावे के आदेश दे देले। अइसनका बिहारे ना अनेके राज्यन में देखे के मिलत बा।
दुर्गा पूजा आ भसान के समय से सुलगत माहौल तनिको हवा पा के लहक उठत बा। बिहार में अब ले 200 से अधिका बवालियन के गिरफ्तार कइल जा चुकल बा।

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..