मनोज दाव के ‘‘लखेरा’’ के शूटिंग पूरा भइल

सुकृत फिल्मस एण्ड जन एकता फिल्सम् प्रा. लि. के बैनर तले बनत एक्शन प्रधान फिल्म ‘‘लखैरा’’ के शूटिंग बिहार के पटना आ सासाराम में पूरा हो गइल बा. एह फिल्म के नायक हउवें पहिला बेर परदा पर आवे वाला कलाकार मनोज दाव आ उनुकर नायिका बाड़ी कल्पना शाह. फिलिम जल्दिये रिलीज होई.

निर्माता कृष्णा यादव, निर्देशक संजय सिन्हा, लेखक चुनमुन पंडित, गीतकार अरविंद तिवारी, मोहम्मद जहरूददीन बेग, संगीतकार अमन श्लोक, छायांकन शानू सिन्हा, मारधाड़ सिंह इज किंग, आ नृत्य निर्देशन केदार सुब्बा के बा.

मुख्य कलाकार – मनोज दाव, कल्पना शाह, सुबोध सेठ, आलोक यादव, मनिष माहिवाल, मनिषा चतुर्वेदी, निलोफर, जितेन्द्रर, तेजी, देवी, रीमा सिंह आईटम गर्ल इशी पटेल, बाल कलाकार चंदन तपिश वगैरह.


(स्रोत – संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।