गज़ल : उरुवा लिखीं, उजबक लिखीं कि बेहया लिखीं

– डा0 अशोक द्विवेदी

DrAshokDvivedi

एह बेशरम-अनेति पर अउँजा के, का लिखीं
उरुवा लिखीं, उजबक लिखीं कि बेहया लिखीं

लंपट आ नीच लोग बा इहवाँ गिरोहबन्द
सोझबक शरीफ के बा बहुत दुरदसा लिखीं

लँगटे-उघार देहि से, दिल से दिमाग से
अइसनका लोग ढेर बा,अब कतना, का लिखीं

एह देश के कहिया ले जान छोड़ी गुलामी
कवना अधीनताई के दारुन-कथा लिखीं

लोहू से लिखल बा इहाँ जिनगी क दास्तान
स्याही से भला ओके अब, केतना दफा लिखीं

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।