मिर्जापुर में सड़क हादसन में तीन जने के मौत

(प्रतीक फोटो)


मिर्जापुर 17 मार्च (वार्ता). मिर्जापुर जिला में आजु अलग अलग सड़क हादसन में तीन जने के मौत हो गइल.

अराजी गांव के दीपक तिवारी (12) सबेरे स्कूल जात घरी लालगंज इलाका के मिश्रपुर गांव का लगे एगो ट्रक से कचरा गइल आ ठाँवे पर ओकर मौत हो गइल.

मानिकपुर गांव के सलीम पाल(55) के मौतो सबेरे साइकिल से गांव आवत घरी लतीफपुर गांव का लगे ट्रक से कचरइला का बाद ओहिजे हो गइल.

तिसरकी घटना अहरौरा इलाका के महेदुपुर चौराहा का लगे भइल. सबेरे एगो लाश चौराहा पर मिलल जवना के पहचान महमुदपुर गांव के सुभाष शर्मा (35) का रूप में भइल. कालमहु ऊ अपना पत्नी का साथे भंडारी देवी के दर्शन खातिर गइल रहे. ओहिजे कवनो बाति ला झगड़ के ओकरा के छोड़ के फरार हो गइल. पुलिस के अनुमान बा कि ई आत्महत्या के मामिला हो सकेला.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।