चारा घोटाला के चउथको केस में महाघोटालाबाज दोषी साबित

रांची, 19 मार्च. बिना बँटाइल पुरनका बिहार के अरबों रुपिया के बहुचर्चित चारा घोटाला से जुड़ल चउथको मामिला में आजु सीबीआई के विशेष अदालत बिहार के मुख्यमंत्री रहल आ राजद के मलिकार लालू प्रसाद यादव समेत 19 गो आरोपियन के दोषी मान लिहलसि बाकिर एगो अउर मुख्यमंत्री रहल जगन्नाथ मिश्र समेत 12 जने के बरी कर दिहलसि.

सी.बी.आई. के विशेष न्यायाधीश शिवपाल सिंह दुमका कोषागार से कइल गइल नाजा.ज निकासी का मामिला में सुनवाई के बाद लालू यादव समेत 19 गो अभियुक्तन को दोषी करार दिहलसि जबकि मुख्यमंत्री रहल डा.जगन्नाथ मिश्र आ लोक लेखा समिति के तब अध्यक्ष रहल ध्रुव भगत समेत 12 गो आरोपियन के सुबूत का कमी से बरी क दिहलसि.

सजा सुनावे ला अदालत 21, 22 आ 23 मार्च के तारीख तय कइले बिया जब क्रमवार रुप से दोषियन के सजा सुनावल जाई.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।