जलाराम प्रोडक्शन तीन गो फिलिम एकेसाथ लाँच कइलसि

भोजपुरी इंडस्ट्री में जलाराम प्रोडक्शन के जलवा लगातार जारी बा. एह बैनर के दू गो फिल्म ‘धमाल कईला राजा’ अउर ‘काली’ निर्माण के अंतिम दौर में बाड़ी सँ. ओकनी के रिलीज़ से पहिलही तीन गो अउरी फिलिमन के ऐलान कर के जलाराम प्रोडक्शन सनसनी मचा दिहले बाड़न.

‘पवन सिंह राजपूत’ में तुलिप सिंह आ पवन सिंह के जोड़ी रही, त ‘दुश्मन-दोस्त’ में तुलिप सिंह आ विनय आनंद के. फिल्म ‘महिमा लक्ष्मी माई के’ में मनोज टाईगर आ तुलिप सिंह के अलावा भोजपुरी के कईगो अउरी दिग्गज नज़र अइहें. ‘पवन सिंह राजपूत’ के निर्देशन रामदेवन, ‘दुश्मन -दोस्त’ के चंद्रसेन सिंह जे ‘धमाल कईला राजा’ के निर्देशन कइले बाड़न, आ फिल्म ‘महिमा लक्ष्मी माई के’ के निर्देशन आलोक सिंह टाईगर करीहें.

तीनों फिलिमन के कहानी अउर स्क्रिप्ट मनोज सिंह टाईगर के लिखल बा. जलाराम प्रोडक्शन के कर्ता-धर्ता रमण नैय्यर के कहना बा कि ऊ भोजपुरी सिनेमा इंडस्ट्री के चाल, चेहरा आ चरित्र तीनों बदलल चाहत बाड़न.

मुहूर्त पर दिनेश लाल यादव निरहुआ, पाखी हेगड़े, तुलिप सिंह, चंद्रसेन सिंह, मनोज टाइगर आ गिरीश शर्मा फोटो में नजर आवत बाड़ें.


(स्रोत – स्पेस क्रिएटिव मीडिया)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..