अनका धन पर कनवा राजा


लखनऊ 12 अप्रैल. उत्तर प्रदेश विधान परिषद के 13 सीटन ला होखे जा रहल चुनाव में बहुजन समाज पार्टी के उमीदवार भीमराव अंबेडकर बियफे का दिने आपन परचा दाखिल करा के सबले पहिला उमीदवार बन गइलन.
राज्यसभा चुनाव हार चुकल अंबेडकर के जीत समाजवादी गोल के भोटे का सहारे हो सकेला आ बुधे का दिने समाजवादी गोल इनका के आपन समर्थन करे के एलान कर दिहले रहुवे.
विधान परिषद के 13 गो सदस्यन के कार्यकाल पांच मई के पूरा होखे वाला बा आ चुनाव आयोग ओकरा से पहिलही एह सीटन ला 26 अप्रैल के भोटिंग करावल तय कइले बावे.
परचा 16 अप्रैल ले दाखिल करावल जा सकी आ 17 अप्रैल के एकर जाँच होखी. अगर तेरह गो से अधिका उमीदवारन के परचा सही मिलल का केहु नाम वापिस ना लीहल जबहिएं भोट करावे के जरुरत पड़ी. अगर तेरहे गो परचा रह गइल त सभे अइसहीं चुनाइल घोषित हो जइहें.
भाजपा एह बारे में अबहीं ले आपन पत्ता नइखे खोलले. एह चुनावी घमासान में भाजपा के आसानी से 11 सीट पर जीत मिल सकेला आ एक एक गो सीट तब सपा आ बसपा के मिल जाई.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।