गोण्डा में पांच लाख के गांजा समेत दू जने धरइलें


गोण्डा 13 अप्रैल (वार्ता). गोण्डा जिला के नवाबगंज इलाका में पुलिस दू गो तस्करन से करीब पाँच लाख रुपिया के गाँजा बरामद करत ओकना के गिरफ्तार कर लिहले बिया.
पुलिस बतवलसि कि खुफिया जानकारी मिलला का बाद आबकारी विभाग के दस्ता कटरा शिवदयालगंज इलाका में एगो मकान पर छापा मार के राजेश आ सागर नामके दु गो तस्करन के गिरफ्तार कर लिहलसि. ओहनी का लगे से करीब पाँच लाख रुपिया के गांजा बरामद भइल बा.
गिरफ्तार तस्करन से पूछताछ का आधार पर अब अउरी आरोपियन के धर पकड़ ला छापामारी कइल जा रहल बा.

0 Comments

Recent Posts