भाजपा विधायक आरोप लगवलन कि योगी उनुकर बाति नइखन सुनत


देवरिया,13 अप्रैल (वार्ता). देवरिया के बरहज विधानसभा क्षेत्र से भाजपा विधायक सुरेश तिवारी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ पर आरोप बा कि ऊ कवनो विधायक के बाति नइखन सुनत.
सुरेश तिवारी शुक का दिने अपना गांव रनियहंवा में मीडिया कर्मियन से बातचीत का दौरान ई आरोप लगवलन. कहलन कि जबे कबो कवनो भठियारा अधिकारी के शाकायत भा ओकरा तबादला के कहीलें त मुख्यमंत्री के जवाब रहेला कि राजनीति छोड़ द.
कहलन कि एही सब का चलते अब प्रदेश में कवनो अधिकारिओ विधायकन के बाति नइखन सुनत मानत. देवरिया के जिलाधिकारी सुजीत कुमार के पता ना कतना बेर फोन लगवलन बाकिर उनुकर फोन उठबे ना करे. एह बाति के जानकारी पार्टी के जिलाध्यक्ष समेत अउरिओ पदाधिकारियन के बा.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।