खून कइला का बाद लाश दियरा में फेंक गइलें सँ

(प्रतीक फोटो)


गुठनी, 18 अप्रैल. सिवान जिला के ग्यासपुर गांव में एगो नवही के गरदन रेतल लाश दियरा में गेहूं का खेत में फेंकल मिलल बा. ओकर पहचान ग्यासपुर के भीम राजभर के बेटा धीरज का रुप में भइल बा. जे पिछला कई दिन से लापता रहुवे. मंगल का भोरे केहू फोन क के बतावल त लोग जा के देखल. लाश के हड्डिए भर बाचल रहल आ कपड़ा से पहचान भइल.
गांव वालन के कहना बा कि गांवे के कुछ शराब कारोबारी ओकर जान लिहले बाड़ें काहे कि कुछ दिन पहिले ओकरा के ओहनिए का साथे देखल गइल रहुवे. बाकिर थानाध्यक्ष के कहना बा कि केहू कुछ लिखित नइखे दिहले आ पुलिस एकर छानबीन करत बिया.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।