आईपीएल सट्टेबाजी मामिला में अरबाज खान के समन जारी


ठाणे, 01 जून (वार्ता) आईपीएल क्रिकेट मे सट्टेबाजी का मामिला में ठाणे पुलिस अभिनेता सलमान खान के भाई निर्देशक अरबाज खान के शुक का दिने समन जारी क के शनियर का दिने पूछताछ ला हाजिर होखे के कहले बिया.
शुरुआती जांच में लागत बा कि अरबाज खान सट्टेबाज सोनू जालान उर्फ सोनू मलाड के सट्टेबाजी रैकेट का संपर्क में रहलन आ बड़हन दांवो लगवले रहले. सोनू जालान के दू दिन पहिलहीं पुलिस गिरफ्तारी क लिहले बिया.
कुछ दिन पहिले ठाणे पुलिस आईपीएल मैच में सट्टाबाजी करे का आरोप में तीन गो सटोरियन के गिरफ्तार कइले रहुवे आ ओहनिए से पूछताछ में सट्टा बाजार के नामी बुकी सोनू जालान के नाम सामने आइल रहल.
सोनू जालान के गिरफ्तार क के जब पूछताछ भइल त ऊ बॉलीवुड के कईगो नामी लोग के नाम बचवलसि से सट्टा में पइसा लगावत रहलें. एही में ऊ अरबाज खान के नाम लिहलसि.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।