बड़ बड़ भूत कदम तर रोवसु, मुआ माँगे पूआ

कोलकाता, 21 जुलाई (वार्ता) पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी केन्द्र के नरेंद्र मोदी सरकार पर सीधा हमला करत एलान कइले बाड़ी कि 15 अगस्त से ऊ “ भाजपा हटाओ- देश बचाओ” अभियान शुरू करीहें.
शनिचर का दिने धरमतल्ला में तृणमूल कांग्रेस (टीएमसी) के सालाना शहीद दिवस रैली के संबोधित करत ममता बनर्जी कहली कि टीएमसी 15 अगस्त से “ बीजेपी हटाओ- देश बचाओ” अभियान के शुरुआत करी. कहली कि 2019 में भारतीय जनता पार्टी के बड़हन झटका लागी आ एकर राह बंगाले से निकली.
मॉब लिचिंग के बढ़त घटनन ला भाजपा पर निशाना साधत ममता बनर्जी कहली कि ऊ अइसन घटनन के रोक नइखे पावत. कहली कि जवना तरह से देश भर में एह तरह के घटना हो रहल बा ओकरा से लागत बा कि ई लोग तालिबान बनावत बा. साथही इहो कहे से ना चुकली कि भाजपा आ राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ (आरएसएस) में अच्छो लोग बा जिनकर ऊ सनमान करेली बाकिर कुछ लोग बा जे गंदा खेल खेले में लागल बा.
शहीद तृणमूलियन के याद करे ला मनावत जाए वाला समारोह में हालही ले राज्यसभा सांसद रहल चंदन मित्रा, वामपंथी सांसद रहल मोईनुल हसन, कांग्रेस नेता यास्मीन अउर मिजोरम के महाधिवक्ता विश्वजीत देव टीएमसी में शामिल होखे के एलान कइलें.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।