भारत के हरावत इंग्लैंड आपना 1000वां टेस्ट जीतल


बर्मिंघम, 04 अगस्त (वार्ता). भारत के जीत के तमाम उम्मीदें कप्तान विराट कोहली पर टिकल रहुवे बाकिर जइसहीं विराट पगबाधा आउट भइलन, इंग्लैंड जीत हासिल करे में अधिका समय ना लिहलसि. पहिला टेस्ट के चउथका दिने शनिचर के सबेरे का सत्र में 31 रन से जीत के इंग्लैंड पांच मैचन के सीरीज में 1-0 के बढ़त बना लिहलसि. इंग्लैंड एह जीत का साथ ही आपन 1000वां टेस्ट जीत लिहलसि.

जीते खातिर भारत के महज 194 रन बनावे के रहुवे. आ भारतीय टीम पांच विकेट का नुकसान पर बनल 110 रन से आगे खेलल शुरू कइलसि बाकिर टीम 54.2 ओवर में 162 रन पर समेटा गइल.

भारत के जीते के दारोमदार विराट का बल्ला पर टिकल रहुवे जे अपना पहिला पारी में 149 रन बनवले रहलें. बाकिर विराट 51 रन बनावत-बनावत आउट हो गइलें आ उनुका आउट होखला का साथही भारत के तमाम उम्मीद छितरा गइल. अपना माथ खिलाड़ियन के नाकाम बल्लेबाजी के कीमत भारत के मैच हार के चुकावे के पड़ल.

अगर शुरु के बल्लेबाज तनिको बेहतर खेलले रहतें त जीत भारत का नामे होखीत.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।