प्रियंका के भतार से आजु फेरु पूछताछ होखे वाला बा

जमानत पर चलत महतारी आ भाई का साथ ही अब कांग्रेस के महासचिव प्रियंका के भतार आ सासो कई गो घोटाला में घेराइल जात बा लोग.

राजस्थान के बीकानेर में कइल जमीन घोटाला के मामिला में प्रियंका के भतार राबर्ट आ सास मौरीन से काल्हु ईडी 8 घंटा ले पूछताछ कइले रहुवे बाकिर राबर्ट का जवाब से असंतुष्ट ईडी आजु उनुका के फेरु पूछताछ करे खातिर बोलवले बावे.

राबर्ट के वकील एस जे खेतान के कहना बा कि बीकानेर जिला में करीब 70 एकड़ जमीन 72 लाख में खरीद के फेरु ओकरे के वापिस करीब सवा पाँच करोड़ में बेचे का हेराफेरी मामिला में ई पूछताछ होखत बा.

एह मामिला में अबहीं पहिला बेर पूछताछ हो रहल बा. बाकी कई मामिलन में राबर्ट से पूछताछ अलगे हो रहल बा. आ राबर्ट के सार राहुल उलुटे चौकीदार के चोर कहे में लागल बाड़ें. जबकि सोशल मीडीया पर एकर कड़ा जबाब मिले में कमी नइखे रहत कि चौकीदार प्योर है, राहुल का बाप चोर है. कांग्रेस एह जवाबी बयानबाजी से परेशान बिया बाकिर अपना मालिक राहुल के एह तरह के घटिया बयानबाजी करे से रोक नइखे पावत.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..