भीष्म बनि गइलन विपक्ष के मुलायम
-

आजु 16वीं लोकसभा के आखिरी दिन रहुवे आ सगरी सांसद एह दिन के हमेशा याद रखीहें.

कौरव दल का साथे रहल भीष्म पितामह जइसे पाण्डव दल के अर्जुन के विजयी भव: के आशीष दिहले रहुवन ओही तरह विपक्ष के भीष्म मुलायम सिंह यादव नरेन्द्र मोदी के विजय कामना करत कहलन कि अगिलो बेर हमनी के अतना सीट नइखे मिले वाला से हमार कामना बा कि रउरा (मोदी का तरफ इशारा करत) फेरु से जीत के आईं आ दुबारा प्रधानमंत्री बनीं.

एह आशीर्वाद के सरमाथे लगावत पीएम मोदी मुलायम के अभिवादन कइलन. मुलायम सिंह का बगल वाली सीट पर बइठल गान्धारी – माफ करीं – सोनिया गाँधी के चेहरा देखे जोग बनि गइल रहुवे. एकरा बाद से मीडिया में सगरी विपक्ष एह दावा में लागल बा कि मुलायम सठिया गइल बाड़न आ उनुका बाति के अधिका भाव दिहला का जरुरत नइखे. संजय निरुपम त इहाँ से कहि दिहलन कि आजु बुझा गइल कि सांसदी खातिर उमिर के एगो उपरी सीमा होखल जरुरी बा.

अबहीं ले एह बात पर मुलायम पूत अखिलेश भा उनका भाईयन के कवनो बयान सामने नइखे आइल.

जब मुलायम सिंह यादव ने कहा- मोदी जी आप फिर से प्रधानमंत्री बनें… pic.twitter.com/i9sNJovgZG— BBC News Hindi (@BBCHindi) February 13, 2019

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts