टटका खबर, 26 मई 2019, अतवार

राष्ट्रपति भवन में 30 मई का साँझ 7 बजे राष्ट्रपति रामनाथ कोविन्द पीएम नरेन्द्र मोदी के प्रधानमंत्री पद के किरिया धरइहें. मोदी लगातार दुसरका बेर पीइम बने जा रहल बाड़न. देश के इतिहास में जमाना बाद कवनो गैर कांग्रेसी पीएम के ई सौभाग्य मिले जा रहल बा. मोदी के कहना बा कि दुनिया में आपन महत्व फेरु स्थापित करावे के दिन आ गइल बा.

सिक्किम क्रान्तिकारी गोल के नेता प्रेम सिंह गोलू के काल्हु सोमार का दिने सिक्किम के मुख्यमंत्री पद के किरिया धरावल जाई.

ओडिशा में विधानसभा चुनाव में शानदार सफलता हासिल करे वाला बीजू जनता गोल के नेता नवीन पटनायक के फेरु से मुख्यमंत्री बने ला नेवतले बाड़न ओहिजा के राज्यपाल.

पीएम मोदी सोमार का दिने अपना लोकसभा इलाका वाराणसी में गंगा जी से आशीर्वाद लेबे अइहें. आजु ऊ अपना माई से आशीर्वाद लेबे अहमदाबाद आइल रहलें.

अमेठी के नयका चुनाइल सांसद स्मृति ईरानी के नजदीकी कार्यकर्ता सुरेन्द्र सिंह के हत्यारन के खोज निकाले केआदेश मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ दिहले बानीं. आजु सुरेन्द्र सिंह के मजल में शामिल हो के स्मृति ईरानी उनुका अरेथी के कान्धा दिहली.

पश्चिम बंगाल के फरार पुलिस कमिश्नर राजीव कुमार का खिलाफ लुकआउट नोटिस जारी हो गइल बा. अनेसा बा कि ऊ देश से भागे के कोशिश कर सकेलन. जान जाईं कि ममता बनर्जी के खासमखास राजीव कुमार पर आरोप बा कि ऊ सारधा घोटाला के सबूत मेटावे का साजिश में शामिल रहलन. उऩुका के नोटिस जारी क के काल्हु कोलकाता में सीबीआई अफिस में हाजिर होखे के कहल गइल बा.

आंध्र प्रदेश के नयका मुख्यमंत्री बने जात जगन रेड्डी के साफ कहना बा कि ऊ आंध्र के विशेष दर्जा ला निहोरे कर सकेलें, मोदी सरकार के एकरा ला माँग ना कर सकसु. वइसे अन्दाजा लगावल जा रहल बा कि उऩुकर गोल एनडीए में शामिलो हो सकेला.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।