फैन्स चांदनी सिंह के जनमदिन के बधाई दिहलें
-

सोशल मीडिया के सनसनी चांदनी सिंह के चनमदिन 25 मई के रहुवे. ओह दिल चांदनी सिंह बर्थडे केक का साथे आपन तस्वीर सोशल मीडिया पर साझा कइली त उऩुका के बधाई देबे वालन के लर लाग गइल.

जान जाईं कि चांदनी सिंह अपना कातिलाना अंदाज आ सेक्सी अदा का चलते सोशल मीडिया छपले रहेली. म्युजिक विडियो से शुरु क के एक्टिंग अउरि डांस में आपन जलवा देखावे वाली चांदनी सिंह भोजपुरी के कई एक एलबम रिकार्ड करवले बाड़ी. अतने ना ऊ फिलिमो में सगरी सुपरस्टारन के साथे नजर आवत बाड़ी. अपना दमदार एक्टिंग अउर डांस से सभका के दिवाना बनावे वाली चांदनी सिंह के देशे ना विदेशो से जनमदिन पर बधाई मिलल बा.
(स्रोत – शशिकांत सिंह)

खेसारीलाल यादव संगे चांदनी सिंह के नून रोटी ट्रेंडिंग में

यूट्यूब स्टार चांदनी सिंह के बुलन्दी अउर कामयाबी के जादू संगीतप्रेमियन के दिलों दिमाग में खूब चलत बा. चांदनी सिंह के हालिया रिलीज म्यूजिक वीडियो एह घरी खूबे धूम मचवले बा. एह एलबम में सुपरस्टार हीरो गायक खेसारीलाल यादव का साथे चांदनी सिंह के गावल – नून रोटी खायेंगे.. – खूबे ट्रेंड कइले बा.
एह एसलबम के जी म्युजिक का यूट्यूब चैनल पर रिलीज कइल गइल बा.
एह वीडियो में घर से फरार एगो प्रेमी जोड़ा के किरदार में खेसारीलाल यादव आ चांदनी सिंह घर से भगला का बाद सोच में पड़ल बाड़ें कि अब आगे का कइल जाव. प्रेमी समुझआवत बा कि नून रोटी खायेंगे, जिनिगी संगही बितायेंगे। सबके डर से हुये हैं फरार, छपरा लवट के ना जायेंगे। एह एलबम के नाम बा – प्रेमिका मिल गइल.
अपना सगरी प्रशंसकन के तहेदिल से धन्यवाद देत ढेरहन लोकप्रियता बिटोरले चांदनी सिंह कहली कि ई सब त देखनिहार सुननिहारन के मोहब्बत ह जो लोग हमरा के पसद करत बा.
जाने जोग इहो बा कि पवन सिंह का साथहूं चांदनी सिंह के एगो ब्लॉक बस्टर फ़िल्म – क्रेक फाईटर – सिनेमाहाल में 50 दिन से बेसी चले के रिकॉर्ड बनवले रहे त अरविन्द अकेला कल्लू का साथे उनकर – मैं नागिन तू सपेरा – अउर संजीव मिश्रा का साथे – बद्रीनाथ – समेत अनेके फिलिम रिलीज होखे वाला बाड़ी सँ.

(स्रोत – रामचन्द्र यादव)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts