तरह तरह के अफवाहन से हदसल कश्मीर घाटी

एने दू तीन दिन से कश्मीर के नेता लोगन के हदासे हाल बेहाल हो गइल बा. तरह तरह के अफवाह फिज़ा में पसरल बाड़ी सँ. केहू कहत बा कि कश्मीर के तिन टुकड़ा करे जात बिया मोदी सरकार. जम्मू के त पूरा राज्य के दर्जा मिली बाकिर कश्मीर आ लद्दाख के केन्द्र शासित प्रदेश बना के दिल्ली से राज चलावल जाई. दोसर अफवाह ई बा कि धारा 370 आ 35 ए के हटा दीहल जाई. केहू कहत बा कि गुलाम कश्मीर के आजाद करावे जा रहल बिया मोदी सरकार. जेकरे मन में जवन आवत बा वइसने अफवाह उड़ा देत बा लोग.

एह अफवाहन के जोर तह अउर बढ़ि जात बा जब केन्द्र सरकार का तरफ से कवनो बयाल नइखे आवत आ राज्यपाल के बाति केहु मानत-सुनत नइखे. एह दौरान उमर अब्दुल्ला आ महबूबा मुफ्ती के छाती पीटत बयानबाजी हालात अउरी बिगड़ले जात बा.

अफवाहन के ई दौर तब शुरु भइल जब पहिले केन्द्र सरकार कश्मीर में अउऱी फोर्स भेजे के बाति कहलसि. ओकरा बाद अमरनाथ यात्रा के रोक दीहल गइल आ सभका के जल्दी से कश्मीर से निकल जाए के हुकुम हो गइल. साथही सगरी पर्यटकनो के बाहर निकल जाए के सलाह दीहल गइल बा. कश्मीर घाटी में पढ़े वाला विद्यार्थियनो के बाहर चल जाए के सलाह दीहल गइल बा.

एह सभ से सभे एह बाति पर सहमत लउकत बा कि कुछ न कुछ त होखहीं वाला बा कश्मीर में. आ जवन होखी तवन अबले ना भइल होखी. काल्हु सबेरे साढ़े नौ बजे मोदी सरकार अपना कैबिनेट के बइठक बोलवले बिया आ शायद ओकरा बाद कुछ अदाजा लाग सको.

एह हालात में कश्मीर से बाहर निकले के होड़ लागल बा आ एह आपाधापी के पूरा फायदा उठावल बाड़ी सँ हवाई कम्पनी. मनमाना भाड़ा वसूलल जा रहल बा. राहत के बाति बन के आइल बा एयर इण्डिया के एलान कि ऊ श्रीनगर से दिल्ली के किराया 6715 रुपिया से बेसी ना ली.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।