जमात के जहालत मुसलमानन के मौत के जरिया बनि गइल

दिल्ली के निजामुद्दीन इलाका में तबलीगी जमात के मरकज देश भर में कोरोना पसारे के जरिया साबित हो गइल बा. एह जमात में शामिल भइल मुसलमानन में कोरोना बीमारी तेजी से पसरे लागल बा आ लोग के मौत के सिलसिला अचानक तेज हो गइल बा.

तबलीगी जमात के अमीर मौलाना साद अबहियों फरार बा आ अपना फरारिए में से अपील के ऑडियो जारी क के अपना लोगन से सरकार, प्रशासन आ डॉक्टरन के सलाह माने के कहले बा. ओकरा लागत बा कि बड़हन संख्या में जमातियन के मरला से जमाती ओकरा खिलाफ हो सकेलें. दोसरे अब भोरा कानूनो के डर सतावे लागल बा.

बाकिर जमातियन के जिहादी बरताव देखि के इहे लागत बा कि ई मरकजी मजमा जिहादी मकसद से कइल गइल रहुवे. अस्पताल में भरती ई जमाती जगहे जगहा थूकत बाड़ें आ इलाज में लागल डॉक्टर, नर्स आ कर्मचारियन पर थूकत बाड़ें. एकरा के फिदायिन बरताव मानल जा सकेला कि हम त मरबे करब बाकिर अपना साथे ढेरे लोग के मार के जन्नत के हकदार हो जाइब.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।