शुभी शर्मा अब रविकिशन का साथे


पिछला साल भोजपुरी फिल्म के सबले बड़ सर्वे में, जवना के भोजपुरी पत्रिका दि सण्डे इण्डियन आ आईसीएमआर करवले रहे, शुभी शर्मा के सबले बेहतर नवोदित अभिनेत्री के सम्मान मिलल रहे. अब शूभी शर्मा भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन का साथे फिल्म “संतान” में काम कर रहल बाड़ी. रविकिशन के नायिका बन के काम कइल शुभी शर्मा खातिर उनकर एगो सपना के पूरा भइल बा. अब ले शुभी शर्मा प्रवेश लाल यादव आ पवन सिंह का साथे काम कर चुकल बाड़ी आ रविकिशन के नायिका बन के सामने आवे के ई उनुकर पहिला मौका बा. इ सोचिये के शुभी गदगद बाडी. पुनीत केलाम विनीत केला आ अनुप कुमार के बनावल एह फिल्म के निर्देशन मशहूर निर्देशक हैरी फर्नाण्डीज का जिम्मे बा. शुभी शरम्ा के अउरियो कई गो फिल्म आजुकाल्हु फ्लोर पर बाड़ी सँ.
(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।