बिहार के खबर

(शनिचर, 5 नवंबर)

  • मधुबनी के लौकहा विधानसभा सीट के उपचुनाव के अधिसूचना शनिचर का दिने जारी कर दिहल गइल. वोट तीस नवम्बर के डालल जाई.
  • जमुई में अगवा भइल 15 बंधकन के नक्सली छोड़ दिहले. एह में बारह गो मजदूर रहले.
  • केन्द्र सरकार बिहार में नक्सलियन से मुकाबला करे खातिर हर संभव सहायता के भरोसा दिहलसि.
  • विश्वविद्यालयन के रिटायर्ड कर्मचारियन के बकाया भुगतान करे खातिर नौ नवम्बर से शिविर लगावल जाई.
  • सारण आ तिरहुत प्रमण्डल के अढ़ाई हजार कारोबारियन पर टॉल टैक्स ना दिहला का आरोप में कड़ा कार्रवाई करे के बाति वाणिज्य कर आयुक्त शनिचर का दिने कहले.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।