बिहार के खबर

(शुक, 23 दिसंबर)

  • कवनो कारण से पढ़ाई ना कर सकल भा पूरा ना कर सकल लोग खातिर बिहार सरकार एगो नया बोर्ड बनवले बिया “बिहार मुक्त विद्यालीय शिक्षण और परीक्षा बोर्ड” जवना में मुक्त आ दुरस्थ प्रणाली से शिक्षण आ परीक्षा करावल जाई. एह बोर्ड में प्राथमिक शिक्षक प्रशिक्षण, माध्यमिक, उच्चतर माध्यमिक आ स्नातक डिग्री से पहिले तक के पढ़ाई पूरा करे के इन्तजाम रही. एह बोर्ड से मिलल प्रमाणपत्र बाकी स्कूल बोर्ड के बराबर मानल जाई. एह बोर्ड में प्रवेश लिहल शुरू कर दिहल गइल बा. एह बोर्ड से जुड़ल जानकारी ओकरा वेबसाइट पर दिहल गइल बा.
  • मुजफ्फरपुर आ छपरा पुलिस के संयुक्त छापा में आठ गो गाड़ीचोर पकड़ाइल बाड़े सँ. ओकनी का लगे से दू गो पिस्तौल, एक लाख बीस हजार नकदी आ चोरी के गाड़ी समेत बहुते सामान पकड़ाइल बा. ओकनी से पूछताछ का बाद अबही ले चोरी के पच्चीस गो गाड़ियन का बारे में पता लागल बा.
  • शीतलहरी में कुछ राहत मिलल बा बाकिर अबहियो रेलगाड़ी आ हवाई जहाज के परिचालन में दिक्कत होखत बा. ठंडा का चलते गरीब परिवारन के किरासन तेल आधा लीटर बेसी देबे के निर्देश दिहल गइल बा.
  • सिवान के गुठनी बाजार में एगो व्यापारी से लाखों रुपिया के सोना चाँदी आ जेवरात लूट लिहल गइल बा.
  • भठियरपन में पकड़ाइल सरकारी कर्मचारी गिरीश कुमार के कदमकुँआ में बनल मकान में शुक का दिने कन्या आवासीय उच्च विद्यालय खोल दिहल गइल.
  • नालंदा जिला का एगो घर में आग लगला का चलते धुआँ से दम घुटला से पांच लोग के मौत हो गइल बा.
  • कंकड़बाग थाना इलाका से शुक का दिने चार गो युवकन के गिरफ्तार कर लिहल गइल. एह लोग का लगे से दर्जनो एटीएम कार्ड, पासपोर्ट, सिम कार्ड, पेन ड्राइव, लैपटॉप समेत कई तरह के सामान बरामद भइल बा.
  • गया जिला के कोठी थाना इलाका में कुछ नक्सली बियफे का रात तीन गो आरा मशीन फूंक दिहले आ मजदूरन से मारपीट कइले.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।