भाजपा में संघ से आइल संजय जोशी इस्तीफा दिहले

पिछला दिने नरेन्द्र मोदी का विरोध का चलते भाजपा का राष्ट्रीय कार्यकारिणी से हटावल प्रचारक संजय जोशी भाजपा से इस्तीफा दे दिहले बाड़न आ कहले बाड़न कि अब ऊ खाली संघ कार्य में लगीहें.

संघ के कार्यप्रणाली का तहत ओकर प्रचारक भाजपा आ बाकी आनुसांगिक संगठनन में संगठन मंत्री बनावल जालें जे ओह संगठन पर पूरा नजर राखेलें. नरेन्द्र मोदी संघ के अइसनका पहिला प्रचारक रहलें जिनका के मुख्यमंत्री बनावल गइल रहे. एक समय नरेन्द्र मोदी आ संजय जोशी दुनु जने गुजराते में संघ के प्रचारक रहलें आ जोशी मोदी से सीनियर रहलें. बाकिर समय का फेर में नरेन्द्र मोदी के प्रभाव बढ़त गइल आ आखिरकार जोशी के भाजपा से हटे के पड़ गइल.

वइसे दू बेकत के झगड़ा बीच में बोले लबरा. संघ के झमेला में आम आदमी के कूछ कहे से पहिले सई बेर सोचे के चाहीं काहे कि कई बार बहुते सारा खेल संघ के तरीका से खेलल जाला आ दुनु तरफ के लोग के अझूरवले राखे आ संघ का परिधि में बनवले राखे खातिर एह खेल के इस्तेमाल होला.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।