भाजपा में संघ से आइल संजय जोशी इस्तीफा दिहले

पिछला दिने नरेन्द्र मोदी का विरोध का चलते भाजपा का राष्ट्रीय कार्यकारिणी से हटावल प्रचारक संजय जोशी भाजपा से इस्तीफा दे दिहले बाड़न आ कहले बाड़न कि अब ऊ खाली संघ कार्य में लगीहें.

संघ के कार्यप्रणाली का तहत ओकर प्रचारक भाजपा आ बाकी आनुसांगिक संगठनन में संगठन मंत्री बनावल जालें जे ओह संगठन पर पूरा नजर राखेलें. नरेन्द्र मोदी संघ के अइसनका पहिला प्रचारक रहलें जिनका के मुख्यमंत्री बनावल गइल रहे. एक समय नरेन्द्र मोदी आ संजय जोशी दुनु जने गुजराते में संघ के प्रचारक रहलें आ जोशी मोदी से सीनियर रहलें. बाकिर समय का फेर में नरेन्द्र मोदी के प्रभाव बढ़त गइल आ आखिरकार जोशी के भाजपा से हटे के पड़ गइल.

वइसे दू बेकत के झगड़ा बीच में बोले लबरा. संघ के झमेला में आम आदमी के कूछ कहे से पहिले सई बेर सोचे के चाहीं काहे कि कई बार बहुते सारा खेल संघ के तरीका से खेलल जाला आ दुनु तरफ के लोग के अझूरवले राखे आ संघ का परिधि में बनवले राखे खातिर एह खेल के इस्तेमाल होला.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..