रैगिंग करे वाला दस गो सीनियर हॉस्टल से निकालल गइलें

इलाहाबाद यूनिवर्सिटी के ए एन झा हॉस्टल के दस गो सीनियर छात्रन के एह बिना पर निकाल दिहल गइल कि ऊ लोग जूनियर छात्रन के रैगिंग में मर्यादाहीन तरीका इस्तेमाल कइलें. जूनियर छात्रन के पुतला का साथे डमी सेक्स करे के कहल जात रहे आ ओह लोग के तरह तरह से उत्पीड़न होत रहे. बाद में पीड़ित छात्रन के शिकायत पर रैगिंग के वीडियो क्लिप्स देखला का बाद अधिकारी ई फैसला लिहलें. पुलिसो में मुकदमा दर्ज करावल गइल बा जवना से एह छात्रन के कैरियर चउपट हो सकेला.
पूरा खबर पढ़ी

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।