खबर पर एक नजर : १४ फरवरी २०१३
  • त्रिपुरा विधानसभा के साठो सीट पर आज मतदान चालू बा.
  • गिरफ्तारी का डर से मालदीव के राष्ट्रपति रहल नशीद भारतीय उच्चायोग में शरण लिहले.
  • इटली के कंपनी से वीवीआईपी हेलीकाप्टर खरीद में वायु सेनाध्यक्ष रहल त्यागी पर आरोप. सीबीआई एह सौदा के जाँच करी.
  • कुश्ती के ओलम्पिक खेल से बाहर करे का फैसला पर फेर से विचार करे के अपील करी भारत के खेलमंत्रालय.
  • अफजल गुरू के फाँसी का बाद से जम्मू काश्मीर का कुछ इलाकन में लगावल कर्फ्यू में कुछ ढील दिहल गइल.
  • जदयू नेता शरद यादव अफजल के लाश ओकरा परिवार के देबे के माँग कइलन.
  • यूपी के बोर्ड परीक्षा केन्द्र अब माध्यमिक शिक्षा सचिव तय करीहें. बोर्ड से ई अधिकार छीन लिहल गइल.
  • आजु से यूपी विधानसभा के अधिवेशन शुरु १९ फरवरी के बजट पेश होखी.
  • वक्फ के संपति सार्वजनिक परिसर मानल जाई. वक्फ का संपति पर नाजायज कब्जा रोके ला केन्द्र सरकार के फैसला.
  • १५ फरवरी के रिलीज होखी भोजपुरी फिलिम रखवाला, हिंदी फिलिम जयंताभाई के लव स्टोरी, आ मर्डर ३.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।