मनोज तिवारी मोँछ कटवा दिहले

बिग बॉस सलमान खान का घर में रहे का गइले, मनोज तिवारी आपन मोंछ कटवा दिहले. अब एह बात के अलंकार में लिहला के जरुरत नइखे. भइल अतने बा कि बिग बॉस के सदस्यन का दबाव में आ के मनोज तिवारी मोँछ मुड़ा लिहले बाड़न बाकिर आपन तेवर नइखन बदलले.

भोजपुरी सिनेमा के मेगास्टार मनोज तिवारी आ शॉटगन शत्रुघ्न सिन्हा के पहिचाने रहल उनकर मोँछ. कई बेर त एही मोँछ का जिद्द में मनोज तिवारी कई गो फिल्मन के आफर छोड़ दिहलन. अब शत्रुघ्नो सिन्हा रामगोपाल वर्मा के फिल्म रक्त चरित्र में आपन मोँछ कटवा लिहले बाड़े त मनोज तिवारी बिग बॉस का घर में. बाकिर भोजपुरिया अन्दाज नइखन छोड़ले मनोज. बिग बॉस सलमान खान के ऊ भोजपुरी सिखावे में लागल बाड़े आ सलमान भोजपुरी डायलाग सुन सुन के अतना अचरज में बाड़न कि भोजपुरी सिखिये के दम धरे के जिद्द ठान लिहले बाड़न.

मोँछ मुन्डा मनोज के देख के सीमा परिहार खुश ना भइली आ कह दिहली कि ऊ मर्द ही क्या जिसके मूंछे न हों. श्वेता तिवारी तब किचन में रहली. निकलली त देखली कि मनोज सफाचट हो गइल बाड़े. कहली कि मूंछ में आप भोजपुरिया सिनेमा के हीरो लागत रहीं बाकिर अब ई राउर नया लुक बा. बाकिर बाकी लोग निरमोछिया मनोज के देख बहुते खुश बा. बिग बॉस सलमानो खान कह दिहले कि वाह मनोज जी क्या लुक है !


(स्रोत : शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।