छत से गिरला का बाद एगो मेहरारू के मौत

डुमराँव के निमेज टोला में एगो घर का बालकनी के रेलिंग टूटला से एगो मेहरारू अपना डेढ़ साल के बच्ची लिहले छत से गिर पड़ल. पैंतीस साल के ओह मेहरारु के त मौत हो गइल बाकिर गोदी के लइकी अबही बाचल बिया आ ओकर इलाज चलत बा. घवाहिल औरत के लेके परिवार के लोग जब अस्पताल चहुँपल रहे त कवनो डाक्टर मौजूद ना रहलन जवना से ओह औरत के बचावल ना जा सकल.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।