राइस मिल के देवाल गिरला से तीन जने के मौत

मिरजापुर के बरौँधा में काल्हु शुक का सबेर में राइस मिल के देवाल गिर पड़ल जवना चलते ओकरा बगल में सूतल मजदूर दबा गइले आ तीन जने के मौत हो गइल. तीनो मजदूर बिहार से काम करे आइल रहलें. दू गो मजदूर नालन्दा जिला के आ एगो मजदूर पटना जिला के रहल. बतावल जात बा कि मिल में एह घरी धान के कुटाई चलत बा आ ओह मशीन से निकलत चाउर क बोझ देवाल ना सम्हार पवलसि आ भहरा गइल.

बाद में मौका पर चहुँपल सिटी मजिस्ट्रेट आ सीओ सिटी मिल बंद करा दिहलें आ मिल मालिकन का खिलाफ गैर इरादतन हत्या के मामिला दर्ज कर दिहल गइल.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..